Mela Aa Bajariya Me, Movie / Album Title Baneli nadan, Ram Raksha Mishra Vimal
मेला आ बजरिया में नाहीं शरमालू , बोलऽ ना !
हमरा से काहें तू लजालू , ए गोरी बोलऽ ना !
बाब कट बाल तोहार झप झप लहरे
कन्हिया से ओढ़नी हजार बार छहरे
एकटक देखे लोग फारि फारि अँखिया
आगे पीछे बाएँ दाएँ भरि जाले रहिया
कनखी से ताकि ताकि काहें मुसकालू ? बोलऽ ना !
चलेलू त दलके कमरिया से नीचे
लचकत कमरिया ना केकरा के खींचे
लटकेला बेग जइसे सोना के गहना
कपड़ा से जूती तक सभ तोहार महँगा
जबे तबे माथा सिकुराइके चोन्हालू , बोलऽ ना !
मोहि लेला मनवा के चाल तोहार झम झम
चलेलू त रहिया गमकि जाले गम गम
रुपवा प तोहरा चनरमा लजाले
रसवाला लोग बिना पइसा बिकाले
का जाने आटा कवना चक्की के खालू , बोलऽ ना !
सभके सनेह के खजाना तू बाड़ू
हमरा करेजवा में कहिए ले बाड़ू
एको आँखि देखितू त तरि जइतीं गोरिया
एक मुसकान पर मरि जइतीं गोरिया
तड़पेले विमल त काहें अघालू , बोलऽ ना ?
Comments
Post a Comment