karajiyo ke aaju hokhe lagal ba baraee ,Baneli Nadan , Ram Raksha Mishra Vimal, Bhojpuri Lyrics
करजियो के आजु होखे लागल बा बड़ाई |
करजे से होइ जाला लोग फ्लैटवाला हो
किश्त दर किश्त में चुकाई |
सैंक्शन करेला जब लोन विश्व बैंक हो
देश में बँटाला मिठाई |
बिना लोन कहाँ केहूँ बिजनेश करताटे
साले में मड़इयो चमचमाई |
आयकर वाला लोग पइसा जो सूँघि लीहें
करजे लिहलका बचाई |
पाटी दीहीं चाहे हनीमून पर जाईं जी
लोनवा परसनल उठाईं |
विमलो के जिनिगी करजिए प टिकल बिया
घीव पीहीं देंहिया बनाईं |
Comments
Post a Comment