Jab Ghar Ke Chakkar Mai Pad Jala Aadmi By Manoj Tiwari Mridul | Manoj Tiwari Hits Bhojpuri Lyrics

जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
पुत्र के वियोग चाहे दौलत के शोक मे
मान मरयादा चाहे मुहब्बत के रोग मे
नाव नियन डोल डग मगा जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
दुनिया मे नाम रहे राजा दशरथ के
कोई नाही वीर रहे उनुका समरथ के
नर से ना हारल उ नारी से हारी गईल
बीचे अंगनवा मे बिछिलाई जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
लंका मे राम के ना डंका पिटाईत
सौ दु सौ राम से ना रावण मराईत
फुट गईल भाई त भंग पडल रंग मे
अपने छुरी से कटा जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
राम चाहे हनुमान बडे बडे जोद्धा
लंका विजय कई के जब अईले अजोद्धया
उनके हराई देहले लव कुश लडिकवा लडिकवा
( एहि से कहल जाला ए भईया )
जुता जमलके से अरे खाई जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
ईशा मसीह चाहे सुकरात गाँधी
जग मे बहाई देहले प्रेमवा के आँधी
शुली फांसी औरी भईया गोली के शिकार भईले
त अपने हवा मे बुता जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
मकडा बुनेला जाल खुब रचि रचि के
अपने उलझ जाला उल्टा लटक के
कुंजन सजाई के संवार के ई दुनिया दुनिया
माया मे अपने लपेटाई जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी
जब घर के चक्कर मे पड जाला आदमी
त कुल्ह वेद शास्त्र भुला जाला आदमी

Comments

  1. Mere pasandida lok geeton me see ek... Bahut hi khubsurat aur shikshaprad geet...

    ReplyDelete

Post a Comment

Popular posts from this blog

A Raja Hamke Banaras Ghumayi Deyi By Dinesh Lal Yadav Nirahua | Bhojpuri Lyrics

Hansi Hansi Panwa Khiyawale Beimanwa By Suman kalyanpur Bhojpuri Lyrics