Hamra Kabhu Balamwa Ka Pyar Na Milal By Bharat Sharma Vyas Bhojpuri Lyrics
जईसन चहनी ओइसन ससुरार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
तिलक दहेज खातिर हमके खोबस के
बोलेला ना हमरा से कबहु उ हँसि के
कईसे गनना बनल की विचार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
फ्रिज कुलर टी वी मंगा द नईहर से
नाही त कहेलन खेदा जईबु घर से
सखी जोड जुपुत दुल्हा हमार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
सब लोग कहत रहे बाडा सुघर बर बा
छोट परिवार अउरी पाका के घर बा
जईसन शोर रहे ओइसन परिवार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
रोजे उठवना अस पियेले दारु
कहेलन की दोसर ले आईब मेहरारु
भरत जीये के कवनो अब आधार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
जईसन चहनी ओइसन ससुरार ना मिलल
हमरा कबहु बलमुआ के प्यार ना मिलल
Comments
Post a Comment