Gawan Jali Babuni Hote Bhinsaar Ho By Madan Rai | Bhojpuri Lyrics


गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
देखली ना साईत अतवार ना सोमार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
लगन खुलल ना पतरा ना जतरा रामा

नेवता ना घुमल ना तिथि मिति के विचार हो

गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
आईल बरियतिया ना बाजे ला बजवनवा रामा
सजी धजी दुलहिन भईल तैयार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
अंचरा मे खोइंछा ना चउरा हरदिया रामा
छुछे हाथी डोलिया मे होई के सवार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
बोले ना चाले ना ही रोवे ली बहुरिया रामा
केहु ना कहे तनि दिहs समाचार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
पता ना कहा जईहे कवनी डगरिया ए रामा
केशरी गजब बाडे , बलमा गँवार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..
देखली ना साईत अतवार ना सोमार हो
गवन जाली बबुनी होते भिंसार हो
गवन जाली बबुनी..

Comments

Popular posts from this blog

A Raja Hamke Banaras Ghumayi Deyi By Dinesh Lal Yadav Nirahua | Bhojpuri Lyrics

Hansi Hansi Panwa Khiyawale Beimanwa By Suman kalyanpur Bhojpuri Lyrics