Ego Jhumka Ego Kanbaali Sajanawa By Bharat Sharma Vyas | Bhojpuri Lyrics
लेले अयिहा चुनरिया लाली लाली सजना
एगो झुमका एगो कनबाली सजना
एगो झुमका एगो कनबाली सजना
रेशम के डोरी गूथल झिलमिल सितरवा
चम चम चमकत गरवा के हरवा
सुन्दर नाक के नथुनिया नक्सेवाली सजना
लेले अयिहा ��
सूरुज के रंग टह टह मंग टिका
धूमिल कबहि परे ना फीका
चूड़ी कंगन सेनुरवा भर डाली सजना
लेले आयिहा ���
सज के सवर के बनावा गौनहरी
चलब ससुर घर पिया मोरे लहरी
झाकब टारी टारी पालकी के जाली सजना
लेले अयिहा ��..
कहियो न कहियो त अयिबा जरुरे
रीतिया पिरितिया निभईबा जरुरे
करिह केशरी बाकीर तनी हाली सजना
चम चम चमकत गरवा के हरवा
सुन्दर नाक के नथुनिया नक्सेवाली सजना
लेले अयिहा ��
सूरुज के रंग टह टह मंग टिका
धूमिल कबहि परे ना फीका
चूड़ी कंगन सेनुरवा भर डाली सजना
लेले आयिहा ���
सज के सवर के बनावा गौनहरी
चलब ससुर घर पिया मोरे लहरी
झाकब टारी टारी पालकी के जाली सजना
लेले अयिहा ��..
कहियो न कहियो त अयिबा जरुरे
रीतिया पिरितिया निभईबा जरुरे
करिह केशरी बाकीर तनी हाली सजना
लेले अयिहा चुनरिया लाली लाली सजना
एगो झुमका एगो कनबाली सजना
एगो झुमका एगो कनबाली सजना
Comments
Post a Comment