Dhaile Danrari Chali Aih Sasurari By Ram Raksha Mishra Vimal | Bhojpuri Lyrics
धइले डँड़ारी चलि अइहऽ ससुरारी
ए करेजऊ
करिहें दुलारी इंतजारी, ए करेजऊ |
भूले नाहीं दूइ दिन,रहलीं जे तोहरा संग
दूइ दिन में भरि दिहलऽ,दुइ रे जनम के रंग
विरह में होइ गइले रंग चटकारी,ए करेजऊ |
करिहें दुलारी इंतजारी, ए करेजऊ |
लागे नाहीं नीक घर अंगना बहरिया
चारो ओरि तहरे के खोजेले नजरिया
कबहूँ दुआरी कबो जाईं पिछुवारी,ए करेजऊ |
करिहें दुलारी इंतजारी, ए करेजऊ |
केकरा ले कहीं हम मनवा के बतिया
जगले में बीतेले पहाड़ नीयन रतिया
कइसे बताईं हम प्यार के लाचारी,ए करेजऊ |
करिहें दुलारी इंतजारी, ए करेजऊ |
देखतानी दिनवो में मीठ मीठ सपना
हमें बइठवले बाड़े गोदिया में अपना
रखिहें विमल नाहीं इचिको उधारी,ए करेजऊ |
करिहें दुलारी इंतजारी, ए करेजऊ |
Comments
Post a Comment