Dahej Deke Kinle Bani Tahara Ke Sajanawa By Vishnu Ojha | Bhojpuri Lyrics


रोटी भात पकाईब नाही माजब बरतनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
रोटी भात पकाईब नाही माजब बरतनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
नगद रुपया तीन लाख तिलक से पहिले दिहल बा
नाच बाजा समियाना के भी एक पईसा ना लिहल बा
पापा हमरे दिहले आवे जाये के साधनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
टाटा सुमो मिलल दहेज मे अंगुठी कन्यादान घरी
खात घरी रुसल त पवल चार भर के एक सिकरी
हमरो देह के दिहले पापा तन के कुल गहनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
कपडा फीचब हम नोहपालिश नोह के कुल धोवा जाई
बरतन जो माजब ए सईया बढल नोह खिया जाई
राख ल दाई टहल बजाई मान मोर कहनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
दाई ना रखब त उठत उठत चाह मिली नाही
टाईम से नाश्ता भोजन बस प्रतिदिन हमके चाही
दाई कल चलाई बाकि तबे होई स्नानवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा
रोटी भात पकाईब नाही माजब बरतनवा
दहेज दे के किनले बानी तहरा के सजनवा

Comments

Popular posts from this blog

A Raja Hamke Banaras Ghumayi Deyi By Dinesh Lal Yadav Nirahua | Bhojpuri Lyrics

Hansi Hansi Panwa Khiyawale Beimanwa By Suman kalyanpur Bhojpuri Lyrics