Beti Pyar Ke Kahani Holi By Ram Raksha Mishra Vimal | Bhojpuri Lyrics

बेटी प्यार के कहानी होली माई बाप के
बेटी अँखियन के पानी होली माई बाप के

केकरा के पानी चाहीं केकरा के खाना
कहाँ गीत गाके बाटे नेवता पुराना
बेटी ससुरा के रानी होली माई बाप के |

सासु आ ससुरजी के करेली ऊ सेवा
सभके खियावेली ऊ नेहिया के मेवा
बेटी आग कबो पानी होली माई बाप के |

दुशमन जो तकिहें त अँखिया निकलिहें
अनको के दुख बेटी अपने समझिहें
बेटी आग कबो पानी होली माई बाप के |

ससुरा खातिर तन मन धन अरपन
बलमा प सब सुख करेली समरपन
बेटी त्याग के कहानी होली माई बाप के |

Comments

Popular posts from this blog

A Raja Hamke Banaras Ghumayi Deyi By Dinesh Lal Yadav Nirahua | Bhojpuri Lyrics

Hansi Hansi Panwa Khiyawale Beimanwa By Suman kalyanpur Bhojpuri Lyrics

Gawana Karwayi La Ae Hari Ji By Bharat Sharma Vyas | Bhojpuri Lyrics